आज नेताजी के १०९वा जन्मदिन हवे. कुछ नेता रहले ऊहो. 'तुम मुझे खून दो, मैं तुम्हे आजादी दूँगा' के नारा से हम भले ही पूरा मेल ना बैठाईं लेकिन कहे वाला मरद रहे से तऽ ना नकारेम. आपन समाज के हाल अईसन हो गईल बा जे हमनी के लगे बहुत कमी बा मरद हीरो लोग के. अब कारण जि भी होखो, वस्तुस्थिति तऽ ईहे हवे जे हमनी के अधिकतर महान लोग (आदमी, भगवान नाही)बाहुबल से दूर जाके ही महान बनल बा. दरिद्रनारायण के उपासक समाज के ईहे शायद सबसे बड़ा खूबी आ सबसे बड़ा त्रासदी भी रहल बा. गाँधी, बुद्ध, तुलसीदास के एह देश मे जहाँ अशोक तक के नाम युद्ध से दूर भागला खतिरा लेहल जाला, एक अगुआ भईल जे देश खतिरा लड़े के सोचलख आ लड़लख भी. गाँधी बाब जे करलन से करलन - आजादी देवऽईलन, कुछ हद ले समाज सुधारलन आ थोड़-बहुत एक दिशा भी प्रदान कईले; लेकिन कहियो बापू के नाम सुन के सीना ना चौड़ा होखे - ई एगो अईसन सम्मान बा जे हर भारतीय सुभाष बोस आ भगत सिंह जईसन खतिरा ही रखेला. तीन गो कमीशन बईठल आ केतना तीन-पाँच बतकही भईल लेकिन आज ले सरकारी तौर पे पता ना चलल जे नेताजी कब आ कईसे मुअले. भारत-रत्न के सम्मान मे भी दागे लागल रह गईल.
खैर, हमरा ना उम्ंमीद बा जे अभी ले जीअत होखिहन. भगवान शांती दऽस वीर के आत्मा के. पुरनका नेता लोग के जन्मदिन आ पुण्यतिथी भी अपना मे एगो काम करबे करेला - याद देला देवेला जे एक समय ओईसनो रहे.आज के तऽ ई हाल बा जे, जौन काँग्रेस के एतना महान-महान लोग सींचलख ओकर अईसन हाल भईल बा जे का कहल जाओ. बताईं ना ई अधिवेशन चलता ससुरन के आ ई सब नेतवन सब मिल के एगो काल्ह के लवंडा के माला पहिनावऽ ताडे सन. बताईं जावाहर लाल के खानदान के बेटा हवे तऽ का ससुरा भगवान हो गईल. हद हो गईल साला बेशरमी आ चापलूसई के... जा हो जवाहर लाल... कईसन ई लड़ी लगईलऽ हो. ई साला हरामखोर मउगा नेतवन सब के देख के आपन मुड़ी कूच लेवे के मन करेला. साला हद हो गईल ई ता. जईहा चाचा केसरी के हटा के राजीव के मुसमात के सीदे अध्यक्ष बनऽईले तईहे माथा फोड़ लेहले रहनी हम तऽ; आज बुझाता जे थूक के डूबे के पड़ी.